देवल संवादाता,बलिया। विधानसभा के सदस्य अब सदन में अवधी, ब्रज, भोजपुरी, बुंदेली और अंग्रेजी में अपनी बात रख सकेंगे। बलिया के बांसडीह विधानसभा क्षेत्र से भाजपा विधायक केतकी सिंह ने भोजपुरी में अपना भाषण दिया। केतकी सिंह ने भोजपुरी में प्रस्ताव का समर्थन किया। केतकी सिंह की बातें भोजपुरी में ,माननीय अध्यक्षजी, आ समस्त सदन हम सबके प्रणाम करत बानी। बड़ा गर्व के साथ अध्यक्षजी हम आपन प्रदेश के मुख्यमंत्रीजी, आपके विशेषकर धन्यवाद कइल चाहत बानी कि भोजपुरी लेखा भाषा के, खाली भोजपुरी ना ऐ भइया जेकरा के ना बुझात होई तनि माइकवा लगा लिहा, अपना बटनवा दवा लिहा ताकि बुझा जाई कि हम का बोलत बानीं।
इसके बाद उन्होंने आगे कहा कि हमनी के भाषा जवन बा नु, अध्यक्षजी चाहे ऊ भोजपुरी हो चाहे और... अबही श्रीकांत शर्मा भइया बोलत रहुवन जवन आपसे लार लगायत रहुवन, इ एतना प्यारा भाषा ही हमनी के कि ऐकर विरोध त छोड़ी, हमारा बुझात रहुए कि विपक्ष आ के गले लगा ली आपके। केतना बढ़िया काम कइले बानी।
आगे केतकी सिंह ने कहा कि हमनी के भाषा के ए अध्यक्ष जी... जहां कहि भी इंसानियत होई ओजुगा उप्र के कवनो ना कवनो नागरिक होई। उ गर्व से आपन भाषा बोलत होई। त हम त आपके धन्यवाद देहल चाहतानि, सदन के धन्यवाद दिहल चाहतानि। एहिजा हमार पत्रकार बंधु बा। हम ऐहू लोग से आग्रह कइल चाहत बानी कि तनि जोरदार एकरा के छापब जा। आप सबकि हमनी के उप्र में भी आपन भाषा बोलत बानी जा।
उन्होंने कहा कि जेकरा के सुने में दिक्कत बा, बोले में दिक्कत बा, कवनो बरियारी नइखे भाई, गलवा पर तलवारवा नइखे रखाइल। तलवारवा बुझनी हौ जा न। तलवार के तलवारवा बोले नी। तलवारवा नइखे रखाइल, हिंदी में बोले के बाद त हिंदी में बोलिह लोग। भोजपुरी में बोले के या त भोजपुरी में बोलिहीं लोग। आ नइखे बोले के त चुपचाप अपना घरे जइहैं लोग। जय हिंद जय भारत, जय भोजपुरी...।